फेसबुक ट्विट्टर

विकिपीडिया पर स्वागत बा
एगो खुला ज्ञानकोश जहाँ केहू भी संपादन  सकत बा
स्वागत संपर्क दान

19:13 यूटीसी, बुध
14 मार्च 2018
9,507 लेख भोजपुरी में बाने

विकिपीडियन समाज

योगदान कइसे करब?
विकिपरिचय मदद चाहत बा?
चौपाल सवाल जबाब विकिपीडिया पंचशील

बिसयसूची
पर्यावरण भूगोल आ जगह कला
बेहवारिक बिज्ञान प्राकृतिक बिज्ञान टेक्नोलॉजी
समाज लोग श्रेणी अनुसार...

विकिपीडिया के बारे में

आप एह समय विकिपीडिया के भोजपुरी संस्करण पर बानी। ई इंटरनेट आधारित एक ठो फ्री ज्ञानकोश हऽ। 15 जनवरी, 2001 के विकिपीडिया का सुरुआत जिम्मी वेल्स आ लैरी सैंगर द्वारा मिल के कइल गइल। अब एकर मलिकाई एक ठो गैर-लाभकारी संस्था 'विकिमीडिया फाउंडेशन' करत बा। विकिपीडिया पर वालंटियर लोग संपादन क के जानकारी बढ़ावे में योगदान करे ला। मई 2017 में कुल 285 भाषा में विकिपीडिया के प्रोजेक्ट चालू रहल; एकरे अंगरेजी संस्करण में 54 लाख+ लेख रहलें आ भोजपुरी संस्करण में 9,000+ लेख रहलें। जे केहू के भी इंटरनेट ले पहुँच बा ऊ विकिपीडिया पर लिख सकत बा।

आपो इहाँ मदद क सकत बानी!

  • लेख पढ़ीं: लेख पढ़ीं, दुसरा लोग के भी पढ़वाईं, ई केहू के भोजपुरी सीखे में भी मददगार हो सके लें।
  • लिखीं: बढ़ियाँ ज्ञानकोश के बिसेसता हवे सहज आ भरपूर जानकारी वाला लेख। सहज तरीका से बुझा जाए वाली भाषा में इहाँ जानकारी बढ़ावे खातिर लिखीं।
    पूरा पढ़ीं...
बढ़ियाँ लेख

गंगा नदी भारत आ बांग्लादेस में बहे वाली, एशिया के एक ठो प्रमुख नदी हऽ। उत्तराखंड के गंगोत्री में हिमालय से निकल के बिसाल मैदानी इलाका में बहत आ कई अन्य बड़हन नदिन के पानी समेटत ई नदी बंगाल की खाड़ी में समुद्र में मिल जाले जहाँ कुल छोड़ल जाये वाला पानी के हिसाब से ई दुनिया के तीसरी सभसे बड़ नदी हवे। गंगा के मैदान भारत के बहुत उपजाऊ हिस्सा आ घन बसल इलाका हवे आ गंगा की तीर पर ऋषिकेश, हरिद्वार, कन्नौज, कानपुर, इलाहाबाद, बनारस, बलियाँ, पटना, कलकत्ता आ ढाका नियर कई ठे प्रमुख शहर बसल बाड़ें।

हिंदू धर्म में गंगा के देवी आ माई की रूप में पूजल जाला। गंगा में अस्नान से पुन्य मिले के मान्यता हऽ आ एकरे तीरे पबित्र तिथिन के मेला आ नहान लागे ला।

नदी के थाला पर्यावरण आ जीव जंतु खातिर भी महत्व वाला बा आ नदी में गंगा सूँस (डॉल्फिन) आ इरावदी सूँस नियर कई जलजीव आ मछरी पावल जालीं जे एह समय खतरा में बाड़ीं। गंगा के डेल्टा सुंदरबन भी पर्यावरण आ पारिस्थितिकी खातिर बहुत महत्व वाला हऽ। एकरे बावजूद, साल 2007 में आइल एगो रपट की मोताबिक ओह समय गंगा दुनिया के पाँचवी सभसे प्रदूषित नदी रहे। भारत सरकार एकरा प्रदूषण के कम करे खातिर गंगा कार्ययोजना चलवलस बाकी ई बहुत सफल ना भइल आ वर्तमान में भी एकरा खातिर कोसिस चालू बा।

समाचार में
  • स्टीफन हॉकिंग, (फोटो में देखावल) परसिद्ध सैद्धांतिक भौतिकशास्त्री, के 14 मार्च 2018 के कैंब्रिज, इंग्लैंड में निधन भ गइल।
  • मानुषी छिल्लर मिस वल्ड 2017 के खिताब जितली आ साल 2000 में प्रियंका चोपड़ा के बाद से, पछिला सतरह साल में, ई खिताब जीते वाली पहिली भारतीय बनली।
  • रामनाथ कोविंद भारत के 14वाँ राष्ट्रपति के रूप में सपथ लिहलें।
  • इसरो के बनावल मंगलयान सफलता की साथ आपन परिकरमा कक्षा में 1000 दिन पूरा कइलस, जबकि ई छह महीना (180 दिन) के लक्ष्य ले के मंगल ग्रह पर भेजल गइल रहे।
  • ढोला-सदिया पुल, भारत के आसाम राज्य में ब्रह्मपुत्र नदी पर बनल 9.15 किलोमीटर लमहर पुल आवागमन खातिर खोल दिहल गइल जे भारत के सभसे लंबा आ एशिया में दूसरा सभसे लंबा पुल बा।
  • सोशलिस्ट इमानुएल माक्रों दक्षिणपंथी उमीदवार मारी ले पेन के हरा के फ्रांस के सभसे कम उमिर के राष्ट्रपति बनलें।
का आपके मालुम बा?
  • ... कि केल्ट-9बी नाँव के बाहरीग्रह, अबतक ले खोजल गइल ग्रह सभ में सभसे गरम ग्रह बाटे।
  • ... कि 1963 में रिलीज होखे वाली गंगा मइया तोहें पियरी चढ़इबों भोजपुरी में बनल पहिली फिलिम रहल।
  • ... कि आम (फोटो में देखावल) भारत, पाकिस्तानफिलिपींस के राष्ट्रीय फल हवे आ बांग्लादेश के राष्ट्रीय फेड़ हवे?
  • ... कि सुपरमून के स्थिति में, पुर्नवासी के दिन पृथ्वी आ चंद्रमा के बीच के दूरी कम होखे के कारण चंद्रमा १५% तक ले बड़ आ ३०% तक ले ढेर चमकदार लउके ला।
  • ... कि नोहकलिकाई भारत के सबसे ऊँच झरना (सिंगल ड्रॉप, ऊँचाई ३४० मीटर) बाटे, जवन पूर्ब खासी पहाड़ी पर चेरापूंजी के लगे बा।
हप्ता के फोटो

अल्बर्ट ब्रिज पच्छिमी लंदन में टेम्स नदी पर बनल एगो सड़क पुल हवे। ई चेल्सिया आ बैटरसी के जोड़े ला। एकर डिजाइन 1873 में केबिल पर टिकल पुल के रूप में बनल, ई बहुत बेहतर ना बुझाइल आ एही कारन 1884 से 1887 के बीचा में सस्पेंशन ब्रिज के कुछ चीज शामिल कइल गइल। साल 1973 में दू गो कंक्रीट के पाया जोड़ल गइल आ बिचला हिस्सा के बीम पुल में बदल दिहल गइल। लंदन के बिचला हिस्सा में टेम्स पर बनल सड़क पुल सभ में से ई दू गो अइसन पुल सभ में से एक बा जिनहन के आज ले कबो पूरा तरीका से बदलल (रिप्लेस) ना कइल गइल बा। एकरे अलावा लंदन में ई एकलौता अइसन पुल बा जेह पर चुंगीघर के भवन अभिन ले बचल बाटे।

फोटो: David Iliff

  • हाल में देखावल गइल:

विकिपीडिया के होस्ट एगो गैर-लाभकारी संस्था विकिमीडिया फाउंडेशन हवे, ई अइसने अउरी कई गो प्रोजेक्ट भी होस्ट करे ले:

विक्शनरी विकिस्रोत विकिकहनाम विकिताब विकिजतरा विकिन्यूज विकिवर्सिटी विकिप्रजाति विकिमीडिया कॉमंस विकिडेटा मेटा विकि
एगो डिक्शनरी किसिम-किसिम के मूल डाकुमेंट महान लोग के कहनाम पाठमाला आ बेसिक किताब पर्यटन आ जतरा गाइड समाचार आ हाल के घटना ढेर खा पढ़ाई के संसाधन जिया-जंतु के प्रजाति जानकारी जहाँ फ्री मीडिया रखल जाला एक ठो बिसाल डेटाबेस विकिमीडिया प्रोजेक्टन  के कोऑर्डिनेशन


विकिपीडिया बिसयसूची →
This article is issued from Wikipedia. The text is licensed under Creative Commons - Attribution - Sharealike. Additional terms may apply for the media files.