फेसबुक ट्विट्टर

विकिपीडिया पर स्वागत बा
एगो खुला ज्ञानकोश जहाँ केहू भी संपादन  सकत बा
स्वागत संपर्क दान

02:42 यूटीसी, बुध
10 जून 2020
7,245 लेख भोजपुरी में बाने

विकिपीडिया के बारे में
विकिपीडिया

आप एह समय विकिपीडिया के भोजपुरी संस्करण पर बानी। ई इंटरनेट आधारित एक ठो फ्री ज्ञानकोश हऽ। 15 जनवरी, 2001 के विकिपीडिया का सुरुआत जिम्मी वेल्स आ लैरी सैंगर द्वारा मिल के कइल गइल। अब एकर मलिकाई एक ठो गैर-लाभकारी संस्था 'विकिमीडिया फाउंडेशन' करत बा। विकिपीडिया पर वालंटियर लोग संपादन क के जानकारी बढ़ावे में योगदान करे ला। मई 2017 में कुल 285 भाषा में विकिपीडिया के प्रोजेक्ट चालू रहल; एकरे अंगरेजी संस्करण में 54 लाख+ लेख रहलें आ भोजपुरी संस्करण में 9,000+ लेख रहलें। जे केहू के भी इंटरनेट ले पहुँच बा ऊ विकिपीडिया पर लिख सकत बा।

आपो इहाँ मदद क सकत बानी!

  • लेख पढ़ीं: लेख पढ़ीं, दुसरा लोग के भी पढ़वाईं, ई केहू के भोजपुरी सीखे में भी मददगार हो सके लें।
  • लिखीं: बढ़ियाँ ज्ञानकोश के बिसेसता हवे सहज आ भरपूर जानकारी वाला लेख। सहज तरीका से बुझा जाए वाली भाषा में इहाँ जानकारी बढ़ावे खातिर लिखीं।
पूरा पढ़ीं...
बढ़ियाँ लेख
भारत के झंडा

भारत, पूरा नाँव भारत गणराज्य, दक्खिन एशिया में एगो देश बा। भारतीय साहित्य में एकरा के जम्बूद्वीप, आर्यावर्त, आ अजनाभदेश भी कहल गइल बा। क्षेत्रफल के हिसाब से बिस्व के सातवाँ, जनसंख्या अनुसार दुनिया के दुसरा सबसे सबसे बड़हन देस बाटे।

उत्तर में हिमालय, दक्खिन में हिंद महासागर, पच्छिम में अरब सागर आ पूरुब ओर बंगाल के खाड़ी से घेराइल ई एह क्षेत्र आ बिस्व में एक ठो महत्वपूर्ण आर्थिक, राजनीतिक आ सैनिक ताकत बा। बिस्व के सबसे बड़हन लोकतंत्र आ बिस्व में दसवाँ सबसे बड़हन अर्थव्यवस्था (नामिक जी॰डी॰पी॰ पर) हऽ।

हिमालय के ऊँच पहाड़, उत्तरी भारत के मैदान, दक्खिनी प्रायदीप के पठार आ समुंदरी किनारा के मैदान एकर प्रमुख भूगोलीय हिस्सा बाने; पच्छिम में थार के सूखा रेगिस्तान से ले के दूर पुरुब में चेरापूँजी आ मॉसिनराम संसार के सभसे ढेर बरखा वाला जगह इहाँ बा।

गंगा नदी इहाँ के राष्ट्रीय नदी बा आ महावीर अउरी गौतम बुद्ध नियर लोग के करमभूईं रहल बा। भारतीय संस्कृति के सभसे मुख्य बिसेसता बा एकर बहुरंगी रूप। भारत में बहुत प्रकार के जाति, प्रजाति आ धर्म के लोग बाटे आ भारत के एक क्षेत्र से दूसरा क्षेत्र में खान-पान, रहन-सहन जइसन चीजन में बहुत अंतर होखले के बावजूद भारतीय संस्कृति के एगो अलग पहचान बा।

समाचार में
इरफ़ान खान
ऋषि कपूर
  • एक दिन के आँतर पर हिंदी सिनेमा के दू गो मशहूर फिलिम एक्टर इरफ़ान ख़ानऋषि कपूर के निधन भ गइल।
  • अगस्त 2019 में आइल रपट अनुसार अमेजन जंगल में आगि के घटना अबतकले के रिकार्ड सभसे बेसी संख्या में पहँच गइल बा; दुनिया में कुल बचल बरसाती बन सभ के लगभग आधा हिस्सा एही अमेजन जंगल में बाटे।
  • सितंबर 2018 में आइल चक्रवाती तूफ़ान - मैंगकूट टाइफून (2018) जे फिलिपींस से टकराइल, एह साल के अबतक ले के सभसे मजबूत तूफ़ान बा।
  • मई 2018 में, केरल राज्य में निपाह वाइरस इन्फेक्शन के फइलाव दर्ज कइल गइल, अबतक कई मौत हो चुकल बा, निपाह, हेनिपावाइरस जाति के वाइरस (फोटो में देखावल) ह।
  • स्टीफन हॉकिंग, परसिद्ध सैद्धांतिक भौतिकशास्त्री, के 14 मार्च 2018 के कैंब्रिज, इंग्लैंड में निधन भ गइल।
का आपके मालुम बा?
गुलाबी सदाबहार
  • ...कि सदाबहार फूल वाला पौधा सभ के एगो जाति हवे जेह में आठ गो प्रजाति होलीं आ इनहन में से सात गो मैडागास्कर के मूल प्रजाति हईं जबकि एक ठो भारत-श्रीलंका के प्रजाति हवे।
  • ...कि रसगुल्ला एगो भारतीय मिठाई ह जेकरे उत्पत्ती के अस्थान पर पच्छिम बंगाल आ उड़ीसा राज्यन के बीच में बिबाद बा आ बंगाली रसगुल्ला के जीआइ टैग मिलल बा?
  • ... कि दानयांग-कुनशान ग्रांड पुल चीन के सुझोऊ प्रांत में बाटे आ 164.8-किलोमीटर (102.4-मील) लमहर ई पुल दुनियाँ के सभसे लमहर पुल बाटे।
  • ... कि केल्ट-9बी नाँव के बाहरीग्रह, अबतक ले खोजल गइल ग्रह सभ में सभसे गरम ग्रह बाटे।
  • ... कि 1963 में रिलीज होखे वाली गंगा मइया तोहें पियरी चढ़इबों भोजपुरी में बनल पहिली फिलिम रहल।

विकिपीडियन समाज
योगदान कइसे करब?
विकिपरिचय मदद चाहत बा?
चौपाल सवाल जबाब विकिपीडिया पंचशील

विकिपीडिया बिसयसूची
पर्यावरण भूगोल & जगह कला
बेहवारिक बिज्ञान टेक्नोलॉजी प्राकृतिक बिज्ञान
समाज लोग आ अउरी...

हप्ता के फोटो

भुअरा पेलिकन (Pelecanus occidentalis) चिरई सभ के पेलिकन परिवार के एगो चिरई हवे। ई अमेरिकी महादीपन में पावल जाए वाली तीन गो पेलिकन प्रजाति सभ में से एक हवे आ अइसन दू गो प्राजाति सभ में से हवे जे पानी में बुड़की मार के शिकार पकड़े लीं। ई फोटो एगो बच्चा भुअरा पेलिकन के उड़ान देखावत बा जे कैलिफोर्निया के प्रशांत महासागरी किनारा पर लिहल गइल रहे।

फोटो: Frank Schulenburg

  • हाल में देखावल गइल:

विकिपीडिया के होस्ट एगो गैर-लाभकारी संस्था विकिमीडिया फाउंडेशन हवे, ई अइसने अउरी कई गो प्रोजेक्ट भी होस्ट करे ले:

विक्शनरी विकिस्रोत विकिकहनाम विकिताब विकिजतरा विकिन्यूज विकिवर्सिटी विकिप्रजाति विकिमीडिया कॉमंस विकिडेटा मेटा विकि
एगो डिक्शनरी किसिम-किसिम के मूल डाकुमेंट महान लोग के कहनाम पाठमाला आ बेसिक किताब पर्यटन आ जतरा गाइड समाचार आ हाल के घटना ढेर खा पढ़ाई के संसाधन जिया-जंतु के प्रजाति जानकारी जहाँ फ्री मीडिया रखल जाला एक ठो बिसाल डेटाबेस विकिमीडिया प्रोजेक्टन  के कोऑर्डिनेशन
This article is issued from Wikipedia. The text is licensed under Creative Commons - Attribution - Sharealike. Additional terms may apply for the media files.